Album: Nando Karelu Singar
Singer: Shilpi Raj, Nisha Upadhayay
Music: Ajay Bacchan
Label: Global Music Junction
Released: 2021-05-13
Duration: 03:58
Downloads: 23266
आ हो, हई रोज टिप-टाप करके कहाँ तू जालू?
आ कौन Master नतिया ह, जो तोरा के रोज
ओंठलाली मार के बोलावेला, बोलऽ? ए भउजी, तहरा ना
बुझाई, तू चुप रहऽ टिकुली ऊपर टिकुली, ननदो,
चलत बाड़ू मार के Makeup में रहेलू हर-दम, केसिया
तू झार के करत बाड़ू केकरा प सिंगार
हो? ए ननदो, करत बाड़ू केकरा प सिंगार हो?
ए हो, तू का पढऽ तारू हमरा खूब
पता बा आए-हाए, ए भउजी, हमरा के बोले से
पहिले अपनो दिन याद कर ल (अच्छा!) तुहूँ
होखबू नइहर के, ए भउजी, उड़नबाज हो बनत बाड़ू
गाय काहे ससुरा में आज हो? (ऊ त हम
हइहे हईं) भेद खोलीं, कहऽ, का तोहार हो? ए
भउजी, भेद खोलीं, कहऽ, का तोहार हो? बोलऽ-बोलऽ,
मुँह सुखा गइल? तुहूँ पढ़ाई पढ़ले बाड़ू, हमरा नइखे
पता ढेर ना बोलऽ तारू? तनी कम बोलऽ आ
हो, ननदो, तनी आपन हाथवा दिखावऽ त हाथवा आ
भा, भउजी, छोड़ऽ ना जा लू कवलेजिया तू
कवन नवलेजिया सिखत बाड़ू? हाँ, सिखत बाड़ू तरहथिया प
'I Love You' लिखत बाड़ू तरहथिया प 'I Love
You' लिखत बाड़ू, बोलऽ सुनऽ, तुहूँ लिखले होखबू
तुहूँ, भउजी, पढ़े बेरी काम ना गलितिया कइले
होखबू (कवनो ना) ए-हो, कइले होखबू ए भउजी, कई
गो लइकवा पटइले होखबू ए भउजी, कई गो लइकवा
पटइले होखबू ए भउजी, बन ठन के रहे
में का दिक्कत बा हो? ना हो, कहाँ दिक्कत
बा! इहे सब त तोहर Market में दिक्कत बा
मारी ओठ लाली, बाली कनवा में डाल के रंगेलू
गुलाबी अपना गोरे-गोरे गाल के लागेलू ना देखे में
कुँवार हो ए ननदो, लागेलू ना देखे में कुँवार
हो सब तोहर खबर हम रखऽ तानी हमरो
खबर मिलल बा कि School के बहाने कहाँ जात
रहलू (अच्छा!) पढ़ले बाड़ू कवन तू पढ़ाई School
में लइकन संगे जात रहलू गाँवही के पुल में
(भाग, चुप रहऽ) लुटले बाड़ू कतना लहर हो? ए
भउजी, लुटले बाड़ू कतना लहर हो? अरे, जाए
द, चुप रहऽ तू हमार मत कहिहऽ, हम तोहार
ना कहब